Site icon | छपरा टुडे डॉट कॉम | #ChhapraToday.com

डीएम ने जिलेवासियों को दी दशहरा की शुभकामनायें

छपरा: जिलाधिकारी दीपक आनंद ने दशहरा के अवसर पर जिलेवासियों को शुभकामनायें दी है. जिलाधिकारी ने सोशल नेटवर्किंग साईट फेसबुक के माध्यम से शुभकामना दी है. उन्होंने सारण की जनता से मेलजोल और आपसी सद्भाव के साथ त्योहार को मनाने की अपील की है.  

जिलाधिकारी ने अपने शुभकामना सन्देश में लिखा है कि, “सभे सारण जिलावासी के दशहरा आ मुहर्रम के एह खास परब के शुभकामना।
गंडक, सरयू आ गंगा जईसन नदिअन के चऊहदी से घेराईल एह बधार में रहे वाला सभे जानेला कि ई सब नदी एगो समुन्दर में जा के एक हो जाले. ई एगो दर्शन ह, जेकरा के सारणवासी आज से ना, पौराणिक काल से ढोअत आ रहल बा. देवी-देवता के संगे-संगे पीर आ पैगम्बर लोग के पवित्तर पांव इहवां के माटी पर पडल बा आ जेकरे कारन एह जिला के “गंगा-जमुनी तहजीब” के परतोख बाहर के जिला में भी दिआला.
बाकिर एही में कुछ राछस भा दानव जईसन लोग भी होला, जे “खीर में गन्हवा” डाले के काम करेला. ऊ तरह-तरह के लकुराधी करत अफवाह पर अफवाह फईलावे के काम करेला. ओकर कामे ह कि बनल काम बिगडो आ लोग आपस में लडो. एकरा से बचे के पडी.

सारण के जिलाधिकारी भईला के नाते हम रऊरा सभे से निहोरा करब-अईसन राछसन से बचेब सभे. जिला प्रशासन आ पुलिस ई घोषणा करतिया कि रउरा सभे अईसन कुछ लऊको, कहीं कुछ सुने के मिलो, हमरा के सूचना दीं, हमनीं के एकर तुरन्त उपाय करब स$!

आईल जाव, एह आयोजन विशेष पर कान्हा से कान्हा मिला के चलल जाव आ जिला के इतिहास के गौरवपूर्ण बनावल जाव.
रऊरे सभे के आपन, दीपक आनंद-जिलाधिकारी, सारण”.

Exit mobile version