भिखारी ठाकुर: लोक जागरण के सन्देश वाहक

भिखारी ठाकुर: लोक जागरण के सन्देश वाहक

Chhapra/Kutubpur Diyara: महान लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के आज 133 वां जयंती ह. उनकर जन्म 18 दिसम्बर 1887 के जिला के कुतुबपुर दियारा गाँव में भईल रहे. उनका के ‘भोजपुरी के शेक्सपीयर’ कहल जा ला.

भिखारी ठाकुर भोजपुरी गीतन, नाटकन के रचना कर के समाज के सन्देश देवे के काम कईले. उनकर जनम ए गो नाई परिवार में भईल रहे. उनकर बाबूजी के नाम दल सिंगार ठाकुर व माताजी के नाम शिवकली देवी रहे.

रोज़ी रोजगार खातिर अपन गाँव छोड़ के बंगाल जाये के परल. बाद में गाँव लौट अइले. उनकर मन रामलीला में बसल रहे. गाँव आ के ए गो नृत्य मण्डली बनवले और रामलीला खेले लगले.

एकरा साथे गाना, नाटक से सामाजिक कार्य से जुट गईले. उनकर कृति लोकनाटक बिदेशिया, बेटी-बेचवा, गबर घिचोर, बिधवा-बिलाप, कलियुग-प्रेम आ जो लोगन के समाज के कुरीतियन से लरे के ताकत देवेला.

0Shares

छपरा टुडे डॉट कॉम की खबरों को Facebook पर पढ़ने कर लिए @ChhapraToday पर Like करे. हमें ट्विटर पर @ChhapraToday पर Follow करें. Video न्यूज़ के लिए हमारे YouTube चैनल को @ChhapraToday पर Subscribe करें